मुंबई में चलत हैदर काजमी के लड़ाई आ भोजपुरी सिनेमा जगत के कुछ अउर हलचल
-
भोजपुरी सिनेमा के रियल रंगबाज हैदर काजमी के मुख्य भूमिका वाली भोजपुरी फिलिम ‘लड़ाई’ बिहार में सफलता के डंका पिटला का बाद अब ३० मई से मुंबई में रिलीज होखे जात बा. मुंबई में एकरा के तीस गो सिनेमाघर में रिलीज कइल जाई. मुख्य कलाकारन में हैदर काजमी, विशाल तिवारी, मिस फेमिना नूरी शेख, आ अंजना सिंह वगैरह बा लोग.

जानल मानल निर्माता कांतिलाल पी मारू आ निर्देशक दिनेश यादव के दोसरकी भोजपुरी फिलिम ‘दिवानगी हद से’ बिहार में जून माह में रिलीज होखे जात बा. साल 2014 के भोजपुरी सुपर स्टार राकेश मिश्रा एकर नायक बाड़े. वितरक बाड़न डाक्टर सुनील.

आदि शक्ति इंटरटेनमेंट के परोसल आ ए.एस पिक्चर्स के बैनर तले बनल भोजपुरी फिलिम ‘जो जीता वही सिंकदर’ के डबिंग शुरू हो गइल बा. निर्माता अनुज कुमार आ निर्देशक अजय कुमार झा के एह फिलिम के मुख्य कलाकार बाड़े सुपर स्टार खेसारी लाल यादव, प्रियंका पंडित, पूनम दूबे वगैरह.

निर्मात्री रेखा सिन्हा आ निर्देशक रवि सिन्हा के चर्चित भोजपुरी फिलिम ‘हथकड़ी’ के शूटिंग के दुसरका शैड्यूल पूरा हो गइल बा. पिछला दिने मुंबई के मड आयलैंड, चाईना क्रीक आ फिल्मीस्तान स्टूडियो वगैरह जगहन पर एकर शूटिंग कइल गइल. एहमें सुपर स्टार दिनेश लाल यादव आ खेसारी लाल यादव, अंजना सिंह, नवोदित स्वप्ना बनर्जी वगैरह के मुख्य भूमिका बा.

RaniChatarji3
‘प्यार कौनो खेल नाहीं’ जइसन सफल भोजपुरी फिलिम बना चुकल निर्माता निर्देशक राकेश कुमार अपना अगिला फिलिम ला भोजपुरी सिनेमा के रानी कहाए वाली अदाकारा रानी चटर्जी के बतौर मुख्य नायिका साईन कइले बाड़न. राकेश सिने मिडिया प्राईवेट लिमिटेड के बैनर तले बनत एह फिलिम के लेखक मनोज के कुशवाहा, गीतकार कृष्णा बेदर्दी, महेश परदेशी अउर आजाद, संगीतकार कृष्णा बेदर्दी, कैमरामैन बिरजू चौधरी, आ कला निर्देशक अंजनी तिवारी हउवन. सहयोगी निर्देशक बाड़न अंशु पंत. मुख्य कलाकारन में रानी चटर्जी, अभिषेक राय, रंजन यादव , उमेश सिंह आ ललन सिंह केनाम शामिल बा. फिलिम जल्दिे सेट पर जाई.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts