एह महीना से बंद हो जाई एलआईसी के पुरान पालिसी

जीवन बीमा निगमो अब अपना पालिसियन पर सेवा कर लिहल शुरू कर दी. पहिले बीमा निगम ई खरचा खुद उठावत रहुवे जवना पर निजी बीमा कंपनियन के ओरहन रहे कि एहसे ओह लोग के नुकसान होखत बा. एहसे अबहीं चलावल जात सगरी पालिसी बंद कर के पहिला अक्टूबर से जीवन बीमा निगम नया पालिसी ले आई. जवना पर सेवा कर लागल करी.

हालांकि अबहीं जे लोग पालिसी ले चुकल बा ओह लोग के पालिसियन पर कवनो असर नइखे पड़े वाला. ओह लोग के पालिसी बदस्तुर चलत रही आ ओह पर सेवोकर देबे के जरूरत ना पड़ी. लोग में मतिभ्रम हो गइल बा कि ओह लोग के लिहल पालिसियो बंद कर दिहल जाई. एहसे बीमा निगम एह बाबत सफाई दिहले बा.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।