गोण्डा में स्टील प्रोसेसिंग इकाई के नींव रखलन बेनी प्रसाद वर्मा

गोण्डा के कोयली जंगल में आजु केन्द्रीय इस्पात मंत्री बेनी प्रसाद वर्मा एगो स्टील प्रोसेसिंग इकाई के नींव रखलन जवन फैक्टरी राष्ट्रीय इस्पात निगम लगावे वाली बा. एह फैक्तरी में हर साल एक लाख टन टीएमटी सरिया बनावल जाई जवना से एहिजा के नवहियन के रोजगार मिली.

एह मौका पर इस्पात निगम का ओर से एक सौ लइकियन के दू साल ले पढ़ावे लिखावे के जिम्मा लिहल गइल आ अंत्योदय अन्न योजना के तहत एक हजार गरीब परिवारन के स्टील डेहरी बाँटे के शुरूआत कइल गइल. (वार्ता)

0 Comments

Recent Posts