कईसन पियवा के चरित्तर बा के मिलल एतिहासिक शुरुआत

सिनेमा भोजपुरी के एह साल सबले चर्चित रहल फिलिम “कईसन पियवा के चरित्तर बा” के एतिहासिक ओपनिंग मिलल बा, बियफे आठ मार्च के मुंबई आ शुक नौ मार्च के बिहार में रिलीज़ भइल एह फिलिम के अकेले मुंबई में दूइये दिन में दस लाख के बिजनेस मिलल बा.

माँ विन्ध्वासिनी विजन प्रस्तुत, नेहा तिवारी के बनावल आ लेखक-निर्देशक संतोष मिश्रा के एह फिलिम में रविकिशन, रानी चटर्जी, मनोज पांडे, अंजना सिंह, संजय पांडे, अनूप अरोरा आ शक्ति सिन्हा के मुख्य भूमिका बावे. चोर बनल रविकिशन अपना प्रेमिका रानी चटर्जी के पावे खातिर आपन हकीकत लुका लेत बा. बाकिर शादी का बाद जब रानी के असलियत मालूम होखत बा त शुरू होखत बा एगो जद्दोजहद.

मुंबई में फिल्म के वितरक प्रदीप सिंह के कहना बा कि फिलिम दूईये दिन में भर हफ्ता लायक कलेक्शन बिटोर लिहलसि आ दर्शकन के दीवानगी देखत कहल जा सकेला कि ई फिलिम भोजपुरी में अबले के सबले बड़ हिट फिलिम साबित होखी आ एकर कलेक्शन अब तकले के सबले हिट “देवरा बड़ा सतावेला” फिलिमो के रिकोर्ड तूड़ सकेला. बिहार के वितरक संजय पंजियार कहलन कि कलेक्शन का साथे साथ फिल्म की रिपोर्टो बढ़िया मिलल बा.

बहरहाल कईसन पियवा के चरित्तर बा के शुरूआती सफलता से भोजपुरी फिल्म उद्योग फील गुड करे लागल बा.


(उदय भगत के रपट से)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।