कई दिन के माथा पच्ची का बाद वाराणसी से अजय राय के टिकट दिहलसि कांग्रेस

बहुत दिन बाद बजलऽ हो शंख बाकि बाबाजी के पदा के वाला स्टाइल में कांग्रेस आखिरकार अपना विधायक अजय राय के वाराणसी सीट से नरेन्द्र मोदीका खिलाफ टिकट दे दिहलसि.

एकरा बाद मुख्तार अंसारी के पार्टी के कहना बा कि कांग्रेस मोदी से मिल के उनका के वाकओवर दे दिहलसि. मुख्तार अंसारी चाहत रहले कि पिछला बेर बहुते कम वोट से हारल रहलन से उनका आशा रहुवे कि कांग्रेस अबकी उनका के समर्थन दे दी आ तब मोदी के हरावल आसान हो गइल रहीत.

पहिले भाजपाई रह चुकल अजय राय साल 2009 में समाजवादी पार्टी के टिकट पर चुनाव लड़ल रहले आ तिसरका जगहा प आइल रहलन. जाति से भूमिहार अजय राय के टिकट देके कांग्रेस वाराणसी में जाति के गणित सही करे के कोशिश कइले बिया.

अब वाराणसी सीट प समाजवादी पार्टी, बहुजन समाज पार्टी, आम आदमी पार्टी के उम्मीदवार वैश्य बाड़ें आ कांग्रेस के लागत बा कि ई लोग वैश्य समुदाय से आवे वाला नरेन्द्र मोदी के वोट बाँट लीहें आ कांग्रेस जीत जाई. जान जाईं कि साल 2009 के लोकसभा चुनाव में भाजपा के पुरनिया नेता मुरली मनोहर जोशी महज 17 हजार वोट से जीतल रहुवन.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।