तिसरका दौर के मतदान से पहिले एकानबे लोकसभा सीट प प्रचार बंद
-

लोकसभा चुनाव के तिसरका दौर के चुनाव बियफे के होखे वाला बा आ एहसे ओह इलाकन में प्रचार करे के काम आजु मंगल साँझ से बंद हो गइल.

एह दौर के मतदान में दिल्ली समेत 14 राज्यन के 91 सीट पर वोट डालल जाई. दिल्ली, हरियाणा आ केरल के सगरी सीट प वोट एही दौर में पूरा हो जाई. साथही उत्तर प्रदेश, महाराष्ट्र आ ओडिशा के दस-दस सीट, मध्य प्रदेश के नौ गो, बिहार के छह गो, झारखंड के चार गो अउर छत्तीसगढ़, जम्मू कश्मीर आ चंडीगढ़ के एक-एक सीट पर वोट डालल जाई.

एह दौर में लोकसभा अध्यक्ष मीरा कुमार, केंद्रीय मंत्री कमलनाथ, कपिल सिब्बल, चौधरी अजित सिंह, कृष्णा तीरथ, शशि थरूर अउर ई अहमद, सेनाध्यक्ष रहल जनरल वीके सिंह, भाजपा अध्यक्ष रहल नितिन गडकरी, फिल्मी कलाकार राज बब्बर, जया प्रदा आ नगमा, आम आदमी पार्टी के नेता योगेद्र यादव, लोक जन शक्ति पार्टी के चिराग पासवान अउर हरियाणा के मुख्यमंत्री भूपेंद्र सिंह हुड्डा के बेटा दीपेंद्र हुड्डा के किस्मत के फैसला हो जाई.

बिहार में एह दिने सासाराम (सु), काराकाट, औरंगाबाद, गया (सु), नवादा आ जमुई (सु) संसदीय क्षेत्र के वोट पड़ी.

पहिला दौर के मतदान में महज छह सीट के वोट करावल गइल. दुसरका दौर के वोट बुध 9 अप्रैल के पड़ी. एहमें अरुणांचल प्रदेश आ मेघालय के दू दू सीट, आ मणिपुर अउर नागालैंड के एकएक सीट के वोट शामिल बा. मिजोरम के वोट अब 12 तारीख के पड़ी.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts