‘कट्टा तनल दुपट्टा पर’ के शानदार रिलीज

ShubhiSharma_RaviKishamफेथ इनकारपोरेट के बैनर तर बनल दु गो भोजपुरी सुपर स्टार्स रवि किशन अउर पवन सिंह के फिलिम ‘कट्टा तनल दुपट्टा पर’ पिछला दिने बिहार के 70 गो से अधिका सिनेमाघरन में शानदार ओपनिंग दर्ज करावत रिलीज भइल.

राखी सावंत आ निर्माता राहुल कपुर के बनावल एह फिलिम में दुनू सुपरस्टारोन के टक्कर सभके बहुत नीक लागत बा. एह फिलिम में दुनू नायकन का बीच अकेली नायिका बाड़ी शुभी शर्मा. एह फिलिम में राखी सावंत, अंजना सिंह आ रिंकू घोष पर फिलिमावल एगो स्पेशल आयटमो बा जवना के देखे वाला बहुते पसंद कइले बाड़न. निदेशक हउवन एम.आई. राज.. साथही एह फिलिम में शाहनबाज खान, माया यादव आ ब्रजेशो त्रिपाठी बाड़ें.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।