पवन सिंह आ अक्षरा सिंह क जोड़ी ‘ठोक देब’ फिलिम में
-

Pawan-Aksharaभोजपुरी सुपरस्टार पवन सिंह आ स्टार अदाकारा अक्षरा सिंह के जोड़ी मधु सिंह के परोसल यश एन्ड राज इंटरटेन्मेंट के भोजपुरी फिलिम ‘ठोक देव’ में नजर आई. निर्मात्री जे नीलम आ नरेन्द्र कौर (सिमरन) के एह फिलिम में एह रोमांटिक जोड़ी पर एक से बढ़ के एक गाना आ सीन फिलिमावल गइल बा.

निर्देशक हउवे अजय कुमार आ गीतकार संगीतकार एस॰ कुमार. कलाकारन में पवन सिंह, अक्षरा सिंह, नवोदित अभिनेता सुजीत गुप्ता, दिव्या द्विवेदी, विपिन सिंह, ब्रजेश त्रिपाठी, अउर नीलिमा सिंह के खास भूमिका बा. संगीता तिवारी, सीमा सिंह आ शिवानी सामंता पर एगो दिलकश आईटम गीतो बा एहमें.

पवन सिंह एकरा के कमाल के फिलिम बतावत बाड़े जे देखेवालन के भरपूर मनरंजन करी.


(प्रशांत-निशांत)

0 Comments

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..