कडा सुरक्षा का बीच अयोध्या मे पंचकोसी परिक्रमा शुरु

काल्हु विश्व हिन्दू परिषद के मुख्यालय कारसेवकपुरम से संगीन का साया में पंचकोसी परिक्रमा शुरू हो गइल. अयोध्या में मंदिर निर्माण खातिर दक्षिण भारतीय संतन से अनुष्ठान करवला का बाद काल्हु सबेरे आठ बजे कारसेवकपुरम से कडा सुरक्षा का बीच पंचकोसी परिक्रमा शुरू हो गइल जवन 13 अक्टूबर ले चली. एह परि्क्रमा में अठोध्या के संतन के शामिल होखे से पुलिस रोक दिहलसि.

कोटिलिंग महाशिवरात्रि के पीठाधीश्वर बिरू दांकित शिव स्वामी के निर्देशन में आयोजित एह पंचकोसी परिक्रमा में 32 गो श्रद्धालु शामिल बाड़ें. ई लोग परिक्रमा के दौरान राम नाम महामंत्र जय श्री राम जय जय राम के जाप करत अयोध्या के परिक्रमा करत बा. एह लोग का साथे पुलिस के बारी भरकम जत्थो चलत बा.
(वार्ता)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।