धर्मनिरपेक्षता के ढोंग करत बाड़े नीतीश, कहलन राजद के रामकृपाल

राजद.के प्रधान महासचिव आ सांसद रामकृपाल यादव बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार पर धर्मनिरपेक्षता के ढोंग करे के आरोप लगावत कहले कि .भाजपा से गठबन्हन तूड़ के नीतीश धर्मनिरपेक्षता के झूठ मुखौटा पहिन लिहले बाड़न. जनता उनका ढोंग के बढ़िया से बूझत बिया आ अगिला चुनाव में नीतीश के बढ़िया से जवाब दी.

राजद नेता रामकृपाल यादव के कहना रहल कि पूरा राज्य में हिन्दू मुस्लिम में वैमनस्य पैदा करे के कोशिश कइल जात बा बाकिर राजद कबहियो अल्पसंख्यकन आ कमजोर वर्ग पर अन्याय ना होखे दी.
(वार्ता)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..