कन्नौज उपचुनाव खातिर तीन गो परचा सही

लोकसभा के कन्नौज सीट पर होखे जात उपचुनाव खातिर दाखिल तीनो उम्मीदवार के परचा सही मिलल बा. मुख्यमंत्री अखिलेश यादव के इस्तीफा से खाली भइल एह सीट से उनुकर पत्नी डिम्पल यादव के उम्मीदवार बनावल गइल बा. डिम्पल का खिलाफ कांग्रेस आ बसपा उम्मीदवार देबे से इंकार कर दिहलें जब कि भाजपा उम्मीदवार देबे के नौटंकी कर के रहि गइल. आखिरी घंटा में एगो उम्मीदवार के एलान भइल जे परचा ना भर पवलें. अब डिम्पल का खिलाफ मैदान में अजय कटियार आ दशरथ शंखवार रहि गइल बाड़न. नाम वापसी के तारीख नौ जून ले बा. अगर ओह दिन ले ई लोग मैदान में रहि गइल त चुनाव करावहीं के पड़ी.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *