कल्पना के नयका एलबम फगुनहट

PawanSingh-KalpanaPatowaryभोजपुरी के शेक्सपियर भिखारी ठाकुर के गीतन पर “द लिगेसी आफ भोजपुरी लिटरेचर” एलबम के सफल रिलीज का बाद कल्पना पटवारी के नयका एलबम जारी भइल बा “द कलर्स आफ फगुनहट”. एह एलबम के ईएमआई वर्जिन रिकार्ड जारी कइले बावे जवना के दुसरका भोजपुरी रिलीज ह ई एलबम. एह एलबम में पारंपरिक भोजपुरिया फगुआ के पेश कइल गइल बा.

कल्पना के एह भोजपुरी फगुआ के एलबम के रिलीज करे वाला समारोह मुंबई के बसेरा स्टूडियो में पिछला अतवार का दिने भइल. एह मौका पर मशहूर भोजपुरी फिल्मकार अभय सिन्हा, भोजपुरी गायक आ सुपर स्टार पवन सिहं, नृत्य गुरू पप्पू खन्ना आ अभिनेत्री मधु शर्मा समेत अनेके खासमखास लोग मौजूद रहे. कल्पना के अबहीं ले बारह गो होली एलबम जारी हो चुकल बा बाकिर कवनो इंटरनेशनल लेबल पर उनकर ई पहिलका फगुआ एलबम ह.

फगुआ के आवे के आहट बतलावत फगुनहट के नाम पर जारी एह एलबम में कल्पना के छह गो फगुआ गीत बा. एहमें रंगबाज फगुनवा आइल, अब लेहू रंगवा लगाई, देवरा रंगबाज, पियवा कलकत्ता गइले, बाबू कुँवर सिंह, आ अब कहाँ फगुआ गवाता शामिल बा. खुद कल्पना मानत बाड़ी कि एह फगुआ गीतन में से एकाध गो दुअर्थी गीत हो सकेला बाकिर पारंपरिक भोजपुरी फगुआ में एकरा के हमेशा से गवात आइल बा.


(म्यूजिक बाक्स)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।