फिलिम "प्रतिघात" में हैदर काज़मी के नया अवतार

Hyder-Akshara-Pratighatनिर्देशक आनंद गहतराज निर्देशित फिलिम “प्रतिघात” में हैदर काज़मी के एगो नया अवतार देखे के मिली जे दुश्मनन के सफाया करे खातिर एगो एंग्री यंगमैन अउर रफ एंड टफ किरदार में नज़र आई. एह फिलिम में उनकर नायिका बाड़ी अक्षरा सिंह जे “कालिया” फिलिमो में उनकर नायिका रहली. हालांकि प्रतिघात में अक्षरा सिंह एगो मेहमान भूमिका में बाड़ी जवन इंटरवल क बाद नजर आई.

एह किरदार के जियतार करे खातिर हैदर पहिला बेर आपन मूँछ बढ़वले बाड़न. देखेवालन के ई किरदार एगो लमहर दिन ले याद रही. प्रतिघात अगिला महीना अप्रेल में रिलीज होखी.

एह बीच हैदर काजमी बिहार के जहानाबाद में अपना एगो दोसर फिलिम “लड़ाई” के शूटिंग में लागल बाड़ें, “लड़ाई” ए स्क्वायर प्रोडक्शन के बैनर तर आनंद गहतराज के निर्देशन में बनत बा. एहू फिलिम में हैदर के नया लुक नजर आवे वाला बा. लड़ाई के मुख्य कलाकारन में हैदर काजमी का संगे विशाल तिवारी, अंजना सिंह, बालेश्वर सिंह, सोनू झा अउर नवोदित अदाकारा नूरी के नाम बा. :


(अपना न्यूज़)
हैदर काजमी, लड़ाई, प्रतिघात

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..