वेव म्यूजिक खरीदलसि एक दर्जन बड़की फिलिमन के संगीत अधिकार

Diler-posterजानल मानल संगीत कम्पनी वेव म्युजिक पिछला दिने एक दर्जन बड़की भोजपुरी फिलिमन के संगीत अधिकार खरीद लिहलसि. एहमें डा. सुनील के ‘दिलेर’ अउर ‘प्रेम दिवानी’, आदि शक्ति इन्टरटेनमेंट के ‘वर्दी वाला गुंडा’, ‘इज्जत’, ‘प्यार मोहब्बत जिंदाबाद’, आ ‘राखेला शान भोजपुरिया जवान’, महेश पांडे के बनावल ‘रानी चली ससुराल’, ‘सपूत’ अउर ‘निरहुआ रिक्शावाला आई लव यू’ आ ‘लैला माल बा छैला धमाल बा’ खास बाड़ी सँ. अब एह फिलिमन के संगीत वेब म्यूजिक कंपनी जल्दिए गाँवे गाँवे चहुँपावे में लागी.

वेव म्यूजिक के मालिक कुमार गौतम के कहना ह कि उनकर कंपनी एगो योजना बना के संगीत प्रमोट करेले आ गांव-गांव में मौजूद फुटकर दुकानदारो के पूरा खयाल राखेले.


(शशिकांत सिंह)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..