कल्पना के नयका एलबम फगुनहट

PawanSingh-KalpanaPatowaryभोजपुरी के शेक्सपियर भिखारी ठाकुर के गीतन पर “द लिगेसी आफ भोजपुरी लिटरेचर” एलबम के सफल रिलीज का बाद कल्पना पटवारी के नयका एलबम जारी भइल बा “द कलर्स आफ फगुनहट”. एह एलबम के ईएमआई वर्जिन रिकार्ड जारी कइले बावे जवना के दुसरका भोजपुरी रिलीज ह ई एलबम. एह एलबम में पारंपरिक भोजपुरिया फगुआ के पेश कइल गइल बा.

कल्पना के एह भोजपुरी फगुआ के एलबम के रिलीज करे वाला समारोह मुंबई के बसेरा स्टूडियो में पिछला अतवार का दिने भइल. एह मौका पर मशहूर भोजपुरी फिल्मकार अभय सिन्हा, भोजपुरी गायक आ सुपर स्टार पवन सिहं, नृत्य गुरू पप्पू खन्ना आ अभिनेत्री मधु शर्मा समेत अनेके खासमखास लोग मौजूद रहे. कल्पना के अबहीं ले बारह गो होली एलबम जारी हो चुकल बा बाकिर कवनो इंटरनेशनल लेबल पर उनकर ई पहिलका फगुआ एलबम ह.

फगुआ के आवे के आहट बतलावत फगुनहट के नाम पर जारी एह एलबम में कल्पना के छह गो फगुआ गीत बा. एहमें रंगबाज फगुनवा आइल, अब लेहू रंगवा लगाई, देवरा रंगबाज, पियवा कलकत्ता गइले, बाबू कुँवर सिंह, आ अब कहाँ फगुआ गवाता शामिल बा. खुद कल्पना मानत बाड़ी कि एह फगुआ गीतन में से एकाध गो दुअर्थी गीत हो सकेला बाकिर पारंपरिक भोजपुरी फगुआ में एकरा के हमेशा से गवात आइल बा.


(म्यूजिक बाक्स)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..