कल्याण सिंह के पार्टी राष्ट्रवादी बन गइल

पूर्व मुख्यमंत्री कल्याण सिंह के जनक्रांति पार्टी अब जनक्रांति पार्टी राष्ट्रवादी का नाम से जानल जाई काहे कि चुनाव आयोग ओकरा के एही नाम से पंजीकृत कइले बा. चुनाव चिह्न अगिला महीना मिल जाये के उमेद बा. पार्टी के चाहत बा कि ओकरा के गिलास मिल जाव. कल्याण सिंह पाँच जनवरी के अपना अगिला योजना के खुलासा कर सकेलें. भाजपा में उमा भारती के वापसी के संभावना देखत कल्याण सिंहो आपन दाँव पेंच ठीक कर लिहल चाहत बाड़न. उनकर बेटा राजवीर सिंह के कहना बा कि अगिला चुनाव में पार्टी चमत्कारी जीत हासिल करी.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..