गैर कानूनी काम करे वाला मंत्री हटावल गइल
-

उत्तरप्रदेश के लोकायुक्त का रिपोर्ट पर कि धर्मार्थ कार्य मंत्री राजेश त्रिपाठी गैर कानूनी काम करे में लागल बाड़न, मुख्यमंत्री मायावती उनुका के मंत्री पद से हटा दिहली. राजेश त्रिपाठी के अध्यक्षता वाली मुक्ति पथ सेवा संस्थान सरकारी जमीन पर कब्जा कर के ओहिजा मेला लगावेला आ ओकरा के अपना नाजायज आमदनी के जरिया बना के रखले बा. मंत्री बनला का बाद से ओह जमीन पर सरकार का तरफ से सरयू महोत्सव मनावल जाये लागल बा जवनो त्रिपाठी के आमदनी में इजाफा करेला. लोकायुक्त के कहना बा कि पहिले त ओह सरकारी जमीन के नाजायज कब्जा से मुक्त करावल जाव ना त ओहिजा सरकारी आयोजन मत कइल जाव. मंत्री पद से हटवला का चलते राजेश त्रिपाठी सरयू महोत्सव का उद्घाटन में शामिल ना भइलें.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts