‘कसम तिरंगा के’ मोनिका सिंह बत्रा गजब हॉट बाड़ी

भोजपुरी सिनेमा जगत के नईकी हॉट अदाकारा मोनिका सिंह बत्रा भोजपुरी फिल्म ‘कसम तिरंगा के’ में मुख्य नायिका बनल बाड़ी. लीक से हट के बनत एह फिल्म में मोनिका सिंह के जलवा अइसन बा कि जेही देखी से मोनिका सिंह के जरूरे तारीफ करी. एह फिल्म में मोनिका सिंह के एक्शनो देखे के मिली.

‘कसम तिरंगा के’ नाम के ई फिल्म निर्मात्री रन्जू सिन्हा बनवावत बाड़ी आ निर्देशन करत बाड़े राजीव कुमार. एह फिल्म में अपना किरदार के लीक से हट के बतावत बाड़ी मोनिका सिंह बत्रा. फिल्म में उनुकर नायक रहीहें एगो सुपर स्टार जिनकर नाम के एलान जल्दिये होखी. बतावत चलीं कि मोनिका सिंह बत्रा के भोजपुरी मेगा स्टार मनोज तिवारी का साथे नायिका बने के पहिला मौका मिलल रहे फिल्म ‘ऐलान बा’ में. एह फिल्म के मिलल सफलता का बाद मोनिका गरम लिट्टी बन गइली भोजपुरी सिनेमा के.

देहरादून के एह बाला के भोजपुरी खूब आवेला आ ऊ भोजपुरी सिनेमा के अकेला अभिनेत्री हई जे एन.एस.डी. से आइल बाड़ी. हिन्दी फिलिमन के मधुबाला आ अमिताभ बच्चन के आपन प्रेरणा मानेवाली मोनिका बत्रा भोजपुरी सिनेमा ओरी अइली बिग बॉस में भोजपुरी सुपर स्टार रवि किशन के देखिके. मोनिका के दिली ख्वाहिश बा कि ऊ रवि किशन के नायिका बनसु. मोनिका सिंह बत्रा के एक्शन में मुकाबिला करे वाला केहु नइखे. ऊ बाकायदा मार्शल आर्ट सीखले बाड़ी. डांसो में परदा पर बिजली गिरावेली मोनिका बत्रा.

मोनिका के आवे वाली फिलिमन में ‘कसम तिरंगा के’, ‘गजब सीटी मारे सइयां पिछवाड़े’ आ ‘सइंया अरब गइले ना’ के नाम बा. मोनिका बत्रा का बारे में अबहिये से कहाये लागल बा कि ई नयकी सनसनी एक दिन भोजपुरी सिनेमा में नंबर वन बन जाई.


(शशिकांत सिंह के रपट)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।