गुलशन ग्रोवर गायक बन गइले भोजपुरी गाना गावे खातिर
-

बॉलीवुड के बैडमैन माने कि गुलशन ग्रोवर के भोजपुरी कुछ अधिके पसन्द आ गइल बा. दीपक सावंत के फिल्म “गंगा देवी” से भोजवुड में आपन शुरुआत करे वाला गुलशन ग्रोवेर अब एही फिल्म में गायिका कल्पना का साथे सुर में सुर मिलावत सुनल जइहें. मधुकर आनंद के बनावल धुन के गुलशन अपना आवाज़ में कुछ अलगे अंदाज़ दे दिहले बाड़न. निर्देशक अभिषेक चड्ढ़ा के मुताबिक जब गुलशन जी के गाना के बोल सुनावल गइल त ऊ एकरा के अपना आवाज़ में गावे के मनसा ज़ाहिर कइलन जवना पर अभिषेक चड्ढा हामी भर दिहले.

त अब तैयार रही एह “गुलशन राग” के आनन्द उठावे खातिर.


(स्पेस क्रिएटिव मीडिया के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts