"कसम वर्दी के" 20 सितम्बर से बिहार में दर्शकन का सोझा होखी

KasamVardiKe-posterदिनेश यादव के पहिचाने हो गइल बा हर साल हिट फिलिम देबे वाला निर्देशक के. पिछला साल दिनेश यादव निर्देशित आ चर्चित फिलिम रहल ‘धड़के तोहरे नावे करेजवा’ त एह साल अबले के सबले बड़हन हिट फिलिम ‘प्रेम दिवानी’. नया अभिनेता राकेश मिश्रा ले के बनल प्रेम दिवानी के बाद दिनेश यादव अब ले के आवत बाड़न एक्शन किंग विराज भट्ट के फिलिम ‘‘कसम वर्दी के’.

’कसम वर्दी के’ बीस सितम्बर के बिहार में रिलीज होखी आ बिहार के चप्पा चप्पा पर मौजूद भोजपुरियन के दिल जीती. पत्रकारिता से निर्देशन में आइल दिनेश यादव आ फिलिम के नायक विराज भट्ट दुनु एह फिलिम से बहुत उत्साहित बाड़ें. एह फिलिम ला विराज भट्ट पहिला बेर आपन लुक बदलले बाड़न.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..