आनंद गहतराज के दू गो फिलिमन के मुहूर्त भइल
-

RaviKishan-Pakhi-at-Shankhnaad-muhurt
राष्ट्रीय पुरस्कार विजेता भोजपुरी फिलिम “कब होई गवना हमार” के निर्देशक आनद गहतराज का निर्देशन मे बने जात दू गो फिलिमन के मुहुर्त पिछला दिने एह फिलिमन के गाना रिकार्डिंग शुरू कर के कइल गइल. दुनु फिलिमन के नायक बाड़ें भोजपुरी के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन. उनकर नायिका एक फिलिम मे अंजना सिंह आ दुसरकी में पाखी हेगड़े बाड़ी.

मुंबई के एम फोर यू स्टूडियो में भइल एह समारोह में भोजपुरी के अनेके दिग्गज मौजूद रहलें. जइसे कि निर्देशक जगदीश शर्मा, असलम शेख, महमूद खान, महमूद अली, दुर्गा प्रसाद, बबलू सिंह वगैरह. पहिलका फिलिम “जीय हो बिहार के लाला” मेकर कोर्पोरेशन बैनर में निर्माता रोहित सिंह आ सह निर्माता सविता सिंह, सिमरन सिंह अउर सागर वर्मा करत बाड़ें. लेखक राकेश त्रिपाठी, आ संगीतकार एस कुमार बाड़ें, मुख्य भूमिका में रवि किशन आ अंजना सिंह के जोड़ी बा.

दूसरकी फिलिम “शंखनाद” कमला फिल्म एंड इंटरटेनमेंट के बैनर में राजीव सिंह बनावत बाड़ें. एहमें रवि किशन, पाखी हेगड़े, मुकेश मिश्रा, मोना राय वगैरह के मुख्य भूमिका बा.

दुनु फिलिम जल्दिए फ्लोर पर जइहें सँ. जाने जोग बा कि आनंद गहतराज निर्देशक आ रवि किशन अभिनेता वाली फिलिम “कब होई गवना हमार” आ “कानून हमरा मुट्ठी में” हिट रहल बाड़ी सँ.


(उदय भगत)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts