कांग्रेस संघ पर हमला बोललसि

देवरिया 28 अक्टूबर (वार्ता) उ.प्र. कांग्रेस कमेटी के प्रदेश अध्यक्ष निर्मल खत्री देवरिया में कहलन कि आरएसएस देश में शान्ति आ सद्भाव बिगाड़त आइल बा.

निर्मल खत्री 30 अक्टूबर के सलेमपुर मे होखे वाला राहुल गांधी के रैली के तइयारी खातिर आइल रहले.

खत्री पत्रकारन से कहलन कि केन्द्र सरकार खाद्य सुरक्षा बिल ले आके देश के 75 फीसदी गरीबन के सस्ता गेहूं.चाउर आ मोट अनाज देबे के काम कइलस बाकिर उ.प्र. सरकार एकरा के लागू करे मे मीनमेख निकालत बिया. लोकसभा चुनाव के डर से एकरा के लागू नइखे करत काहे कि सपा जान गइल बिया कि एह बिल के लागू भइला से गरीबन के भला होखी आ चुनाव में एकर फायदा सपा के ना मिल के कांग्रेस के मिली.

साथ ही कहलन कि 30 अक्टूबर वाली रैली कवनो चुनावी रैली ना ह. ई त केन्द्र के धन्यवाद देबे खातिर बोलावल गइल बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।