बुन्देलखंड में राहुल के रैली वाला जगह के एसपीजी कब्जा में लिहलसि

महोबा 28 अक्टूबर (वार्ता) नरेन्द्र मोदी के पटना रैली में भइल बम धमाकों से सबक लेत उत्तर प्रदेश सरकार काग्रेस उपाध्यक्ष राहुल गांधी के बुन्देलखण्ड में 30 अक्टूबर के होखे जात रैली ला बहुते सतर्क रहे के निर्देश जारी कइले बिया.

एह चलते हमीरपुर जिला के राठ कस्बा के रैली से चौबीस घण्टा पहिले से खुफिया तंत्र का निगरानी में सँउप दीहल जाई.

एह बीच राहुल गांधी के सुरक्षा सम्हारे वाली एसपीजी टीम सोमारे के राठ में डेरा डाल के रैली स्थल के अपना कब्जा में ले लिहले बिया.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..