कांग्रेस संघ पर हमला बोललसि

देवरिया 28 अक्टूबर (वार्ता) उ.प्र. कांग्रेस कमेटी के प्रदेश अध्यक्ष निर्मल खत्री देवरिया में कहलन कि आरएसएस देश में शान्ति आ सद्भाव बिगाड़त आइल बा.

निर्मल खत्री 30 अक्टूबर के सलेमपुर मे होखे वाला राहुल गांधी के रैली के तइयारी खातिर आइल रहले.

खत्री पत्रकारन से कहलन कि केन्द्र सरकार खाद्य सुरक्षा बिल ले आके देश के 75 फीसदी गरीबन के सस्ता गेहूं.चाउर आ मोट अनाज देबे के काम कइलस बाकिर उ.प्र. सरकार एकरा के लागू करे मे मीनमेख निकालत बिया. लोकसभा चुनाव के डर से एकरा के लागू नइखे करत काहे कि सपा जान गइल बिया कि एह बिल के लागू भइला से गरीबन के भला होखी आ चुनाव में एकर फायदा सपा के ना मिल के कांग्रेस के मिली.

साथ ही कहलन कि 30 अक्टूबर वाली रैली कवनो चुनावी रैली ना ह. ई त केन्द्र के धन्यवाद देबे खातिर बोलावल गइल बा.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..