विधानसभा चुनावन ला भाजपा बनवलसि वार रूम

नई दिल्ली 28 अक्टूबर (वार्ता) पांच गो राज्य मे होखे जात विधानसभा चुनावन के अगिला साल होखे वाला आम चुनाव से पहिले के सेमीफाइनल मानत भाजपा अपना मुख्यालय मे एगो वार रूम बनवले बिया जहाँ सगरी राज्य इकाई परस्पर तालमेल कर सकीहें.

पार्टी उपाध्यक्ष मुख्तार अब्बास नकवी के अध्यक्षता मे बनावल एह वार रूम के उद्घाटन अध्यक्ष रहल वेंकैया नायडू कइलन.

मुख्तार अब्बास नकवी बतवलन कि ई वार रूम दिनोरात काम करी आ सगरी चुनावी मुद्दन पर प्रदेश इकाईयन आ चुनाव समितियन का बीच तालमेल बनवाई.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..