अब कांग्रेस जाई चुनाव आयोग का लगे मोदी का खिलाफ ओरहन ले के

जयपुर 28 अक्टूबर (वार्ता) राजस्थान कांग्रेस राहुल गाँधी खातिर नरेन्द्र मोदी के इस्तेमाल कइल जात शब्दन के ओरहन ले के चुनाव आयोग का लगे जाई.

प्रदेश कांगेस के विधि आ चुनाव व्यवस्था समिति के अध्यक्ष सुशील शर्मा बतवले कि पिछला 26 अक्टूबर के उदयपुर मे भाजपा के सभा मे राहुल खातिर नकारात्मक शब्द इस्तेमाल क के नरेन्द्र मोदी आदर्श आचार संहिता लंघले बिया. एहसे कांग्रेस के एगो शिष्टमंडल मंगल का दिने राज्य के मुख्य निर्वाचन अधिकारी अशोक जैन के ज्ञापन देके जरूरी कार्रवाई करे के मांग करी.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..