कार आ ट्रक में टक्कर से एगो बाराती मरल

(प्रतीक फोटो)


आरा 28 मार्च (वार्ता). भोजपुर जिला के बिहिंया इलाका के खरौनी गांव का लगे एगो कार आ ट्रक के बीच भइल टक्कर में एगो बाराती के मौत हो गइल आ पांच जने घवाहिल हो गइलें.
पुलिस सूत्र बतावत बाड़ें कि कार पर सवार लोग उत्तर प्रदेश के दिलदार नगर में एगो बारात में शामिल होखला का बाद आरा शहर लवटत रहलें जब खरौनी गांव का नियरा एगो तेज रफ्तार ट्रक कार में टक्कर मार दिहलसि.
एह हादसा में कार पर सवार निक्की पासवान (30) के मौके पर मौत हो गइल आ पांच जने घवाहिल हो गइलें. हादसा का बाद ट्रक चालक ट्रक छोड़के फरार हो गइल.
घवाहिलन के आरा सदर अस्पताल में भरती करावल गइल बा.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।