दहेज खातिर पत्नी के हत्या


बेतिया , 28 मार्च (वार्ता). पश्चिम चंपारण जिला के चनपटिया इलाका के झखरा गांव में दहेज के मांग लेके एगो औरत के हत्या क दीहल गइल.
पुलिस सूत्र बतवलें कि झखरा गांव के विभू साह के बिआह चार बरीस पहिले अंतिमा (28) का संगे भइल रहुवे आ ओकरा बादे से ससुराल वाले अंतिमा के प्रताड़ित करत रहलें. बहध का दिने विभू साह अपना पत्नी के जरा के मारे के कोशिश कइलसि.
एह दौरान घरो में आगि लाग गइल आ पत्नी का साथे विभूओ झँउस गइल. अगल बगल के आधा दर्जन घरो आगि के चपेटा में आ गइले.
घवाहिल पति-पत्नी के इलाज ला स्थानीय अस्पताल में भरती करावल गइल जहाँ इलाज के दौरान पत्नी के मौत हो गइल.
बेतिया मुख्यालय के अनुमंडल पुलिस पदाधिकारी संजय कुमार पांडेय के कहना बा कि पहिला नजर में ई दहेजे हत्या के मामिला बुझात बा.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..