काल्हु विश्वकप फाइनल मैच

काल्हु मंबई में विश्व कप क्रिकेट के फाइनल भारत आ श्रीलंका का बीच होखे जा रहल बा. एह मैच के देखे खातिर भारत आ श्रीलंका दुनु के राष्ट्रपति मैदान में मौजूद रहीहें. एह चलते मैदान आ ओकरा चारो तरफ सुरक्षा के कड़ा पहरा रही. स्टेडियम आ ओकरा चारो ओर हवाई उड़ान प्रतिबन्धित रही. महाराष्ट्र सरकार शनिचर का दिने खास छूट्टी घोषित कर दिहले बिया. वइसहू ओह दिन कवनो आफिस में केहू काम करे का “मूड” में ना रही. पाकिस्तान का साथे भइल सेमीफाइनल वाला पागलपन त ना रही बाकिर क्रिकेट प्रेम देश के सबले बड़का कर्मकाण्ड बन गइल बा.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..