काल्हु विश्वकप फाइनल मैच

काल्हु मंबई में विश्व कप क्रिकेट के फाइनल भारत आ श्रीलंका का बीच होखे जा रहल बा. एह मैच के देखे खातिर भारत आ श्रीलंका दुनु के राष्ट्रपति मैदान में मौजूद रहीहें. एह चलते मैदान आ ओकरा चारो तरफ सुरक्षा के कड़ा पहरा रही. स्टेडियम आ ओकरा चारो ओर हवाई उड़ान प्रतिबन्धित रही. महाराष्ट्र सरकार शनिचर का दिने खास छूट्टी घोषित कर दिहले बिया. वइसहू ओह दिन कवनो आफिस में केहू काम करे का “मूड” में ना रही. पाकिस्तान का साथे भइल सेमीफाइनल वाला पागलपन त ना रही बाकिर क्रिकेट प्रेम देश के सबले बड़का कर्मकाण्ड बन गइल बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।