बिहार के विधायक आ मंत्रियन के वेतन भत्ता बढ़ल
-

बिहार सरकार राज्य के विधायक आ मंत्रियन के मिले वाला वेतन आ भत्ता बढ़ा दिहले बिया. अब विधायक लोग के पहिले से तिगुना तनखाह दिहल जाई. तरह तरह के भत्ता मिला के एह लोग के अब एक लाख रुपिया तक हर महीना मिलल करी. एही फैसला में मंत्रियनो के भत्ता बढ़ा दिहल गइल बा. पूर्व विधायक लोग के पेंशनो छह हजार रुपिया महीना से बढ़ा के पन्द्रह हजार रुपिया महीना कर दिहल गइल बा.

0 Comments

Recent Posts