काशी विद्यापीठ छात्रसंघ के अध्यक्ष चुनइले महेश सिंह

वाराणसी मे महात्मा गांधी काशी विद्यापीठ छात्रसंघ के चुनाव मे अध्यक्ष पद पर अखिल भारतीय विद्यार्थी परिषद के प्रत्याशी महेश सिंह.मोनू. 1020 मत पाके विजयी घोषित भइल बाड़ें. उनुका निकटतम प्रतिद्वन्द्वी समाजवादी छात्रसभा के शालिनी यादव रहली.

उपाध्यक्ष पद पर समाजवादी छात्रसभा के विकास राय.छोटू. महामंत्री पद पर राष्ट्रीय छात्र संगठन के विकास सिंह आ पुस्तकालय मंत्री पद पर समाजवादी छात्रसभा के अविनाश जायसवाल चुनाइल बाड़ें.

बियफे के साँझ चार बजे से मतगणना शुरू भइल जवन रात दस बजे ले चलल. एह चुनाव में पचास फीसदी छात्र वोट डललें. बाद में एह लोग के कुलपति पृथ्वीश नाग किरिया धरवले.
(वार्ता)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।