चौरासी कोसी परिक्रमा के समापन पर हवन

अयोध्या में श्रीरामजन्मभूमि पर भव्य मंदिर बनवावे खातिर विहिप.के 84 कोसी परिक्रमा के समापन पर आजु विहिप मुख्यालय कारसेवकपुरम में हवन भइल परिक्रमा 25 अगस्त से शुरू होखे वाला रहल बाकिर सरकार ओहपर रोक लगा दिहलसि. विहिप के दावा बा कि आजु परिक्रमा के समापन बस्ती जिला के मखौडा में हवन का साथे पूरा हो गइल. विहिप मुख्यालय कारसेवकपुरम में साधु संत धर्माचार्यन का साथे विहिप के केन्र्दींय मंत्री पुरुषोत्तम नारायण सिंह आ राजेन्द्र सिंह पंकज परिक्रमा के हवन करके औपचारिक समापन कइलें.

विहिप सचिव पुरूषोत्तम नारायण सिंह कहले कि सरकार परिक्रमा रोक के बड़हन गलती कइलसि. कवनो धार्मिक कार्यक्रम पर रोक लगावल गलत बात बा.
(वार्ता)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..