किडनैप भइल नवही के हत्या

सारण जिला के यदुरामपुर गाँव के रामनारायण राय के सतरह साल के लड़िका रंजीत के पिछला 17 तारीख के किडनैप क लीहल रहे. पुलिस के जानकारी दिहला का बादो कुछ ना हो सकल आ अब ओकर लाश मिलल बा.

तीन साल पहिले रंजीत के शादी भइल रहुवे. आ ओकर एगो डेढ़ बरीस के लड़िको बा. आईआईटी कइला का बाद रंजीत नौकरी खोजे दिल्ली गइल रहल आ छठ पूजा ला घरे आइल रहुवे. छठ पूजा के सामान खरीदे निकलल रंजीत के किडनैप क लिहल गइल.

परिवार के कहना बा कि जानकारी दिहला का बाद 17 नवंबर के साँझ दरियापुर के थानेदार अइलन आ हड़का के चल गइलन. घर के लोग पहिलहीं से जमीन विवाद में एसपी का लगे दरखास्त दिहले रहुवे बाकिर पुलिस कुछ ना कइलसि.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..