सईंया भए कोतवाल अब डर केकर
-

महागठबन्हन के चुनाव जीतला का बादे से बिहार में अपराधी बेखौफ हो गइल बाड़े सँ. मुख्यमंत्री नीतीश कुमार भलही पुलिस वालन के चेतावसु कि कानून व्यवस्था के हर हाल में पालन होखे के चाहीं आ अपराधियन का खिलाफ बिना चेहरा देखले कार्रवाई होखे के चाहीं. बाकिर पुलिस अधिकारियनो के पता बा कि नीतीश के अब केतना बेंवत रह गइल बा. सरकार के असली आ सगरी ताकत त लालू यादव का हाथे आ गइल बा आ उनकर लिहाज करहीं के पड़ी. लालू राबड़ी राज के सतरह साल ई अधिकारी भुलाइल ना होखीहें जब आईएएस अधिकारियो सुरक्षित ना रहत रहलें आ ओह लोग के बीबी से रेप तक क लीहल जात रहुवे.
शुक का अधरतिया में सारण जिला के खैरा में कुछ अपराधी ताबड़तोड़ फायरिंग करत एगो पेट्रोल पंप आ एगो शराब दुकान के लूट लिहलें आ दू लाख रुपिया लूठ के आराम से टहल गइलें.
जानकारी मिलला का बाद पुलिसो चहुँपल आ तीन जने के संदेह में गिरफ्तार कर ले गइल. आगे का होखी से सबका मालूम बा. बिहार के जवन चाहत रहुवे तवन भेंटा गइल बा. जस करनी तस भोगहु तापा, नरक जात नर क्यों पछताता !

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts