कुशीनगर में शराब के जखीरा बरामद, पांच जने गिरफ्तार

(प्रतीक फोटो)


कुशीनगर 14 अप्रैल (वार्ता). कुशीनगर के कप्तानगंज आ तरयासुजान इलाका से पुलिस आजु पांच गो तस्करन के गिरफ्तार करत ओहनी का कब्जा से 550 पेटी शराब बरामद क लिहलसि.
पुलिस अधीक्षक अशोक कुमार पाण्डेय पत्रकारन के बचलें कि कप्तानगंज में पुलिस आ स्वाट टीम मिल के पंजाब निर्मित अवैध शराब के एगो कन्टेनर कब्जा में ले लिहलसि आ ओहमें राखल 550 पेटी माने कि कुल 26,400 शीशी क्रेजी रोमियो व्हिस्की बरामद कइलसि.
एह सिलसिला मे दिनेश कुमार, विरेन्द्र अउर राज कुमार गुप्ता के कोतवाली इलाका के रौनीपारी गली से गिरफ्तार क लीहल गइल. पूछताछ में अपराधी बतवले सँ कि गाड़ी के नम्बर प्लेट बदल-बदल के ऊ शराब ढोवे के काम करेलें आ ई शराब पंजाब से हरियाणा होखत यूपी का रास्ते बिहार में सप्लाई कइल जाला.
पुलिस कप्तान बतवलें कि दोसर बरामदगी तरयासुजान इलाका में भइल जहाँ पुलिस मुन्नीपट्टी गांव मे मनोज यादव के घर पर छापा मार के ओहिजा लुकावल 65 पेटी नाजायज शराब बरामद कइलसि. एह मामिला में दू जने के गिरफ्तारो कइल गइल बा.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।