जौनपुर में हर्ष फायरिंग में प्रधान पति समेत तीन जने घवाहिल
-


जौनपुर, 14 अप्रैल (वार्ता). जौनपुर जिला में एगो विवाह समारोह का दौरान कइल गइल हर्ष फायरिंग में तीन जने घवाहिल हो गइलें.
पुलिस बतवलसि कि सरायख्वाजा इलाका के गोसाईपुर गाँव के इमरान के लड़की के शादी आजु इटौरी के मुनिया गाँव के मोहम्मद फारूख के लड़िका साथे तय रहुवे. नियत समय पर बारात पहुँचल. साँझ बेरा द्वाराचार के रस्म भइल आ जलपान का बाद निकाह करा लीहल गइल. एकरा बाद लड़की पक्ष से शादी में पहुँचल गाँव के प्रधानपति शिवा पाण्डेय हर्ष फायरिंग क दिहलें. एह
फायरिंग से शादी में शरीक होखे आइल गोसाईपुर के उम्मन के बेटा अफसर (25), खुद प्रधान पति शिवा आ एक जने अउर घवाहिल हो गइलें.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts