खेती के काम खातिर अलगा बिजली लाइन

देश में अपना तरह के पहिला योजना में बिहार सरकार तय कइले बिया कि खेतन तक बिजली चहुँपावे खातिर एगो अलगा फीडर लाइन बिछावल जाई. एह खातिर सरकार तीन सौ करोड़ रुपिया के आंवटनो कर दिहले बिया. राज्य भर में नौ सौ अड़सठ फीडर लगावल जाई. हर फीडर एगारह केवी के होखी आ करीब छप्पन हजार किलोमीटर के लाइन बिछावल जाई जवना से करीब डेढ़ लाख ट्रांसफार्मर जुड़ल रही. एह फीडर लाइन के मकसद राज्य के उनइस लाख पंपिग सेट्स के बिजली चहुँपावल होखी. एह काम के अगिला दस साल में पूरा कर लेबे के योजना बा.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..