खेती के काम खातिर अलगा बिजली लाइन

देश में अपना तरह के पहिला योजना में बिहार सरकार तय कइले बिया कि खेतन तक बिजली चहुँपावे खातिर एगो अलगा फीडर लाइन बिछावल जाई. एह खातिर सरकार तीन सौ करोड़ रुपिया के आंवटनो कर दिहले बिया. राज्य भर में नौ सौ अड़सठ फीडर लगावल जाई. हर फीडर एगारह केवी के होखी आ करीब छप्पन हजार किलोमीटर के लाइन बिछावल जाई जवना से करीब डेढ़ लाख ट्रांसफार्मर जुड़ल रही. एह फीडर लाइन के मकसद राज्य के उनइस लाख पंपिग सेट्स के बिजली चहुँपावल होखी. एह काम के अगिला दस साल में पूरा कर लेबे के योजना बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।