बस आ इंडिका के टक्कर में चार जने के मौत
-

उत्तर प्रदेश के इलाहाबाद जिला में परिवहन निगम के बस आ एगो इंडीका कार के आमने-सामने के टक्कर का बाद कार में सवार चार लोग के मौत हो गइल. बस जौनपुर जात रहुवे कि इंडिका कार सोझा से टक्कर मार दिहलसि. टक्कर का बाद कार बस का नीचे धँस के फँस गइल रहुवे जहाँ से ओकरा के क्रेन का सहायता से निकालल गइल. बस ड्राइवर फरार बतावल जात बा.

0 Comments

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..