खेवसर गाँव के आग से एगो लड़िका के मौत

बलिया जिला के बाँसडीह इलाका के खेवसर गाँव में शनिचर देर रात लागल आग से दलित आ राजभर बस्ती के नाहियो त सवा सौ मड़ई जर के राख हो गइली सँ. एह त्रासद घटना में पाँच दर्जन से बेसी परिवारन के आसरा उजड़ गइल. 2 गो भईंस आ एक दर्जन बकरी जियते जर के मर गइली सँ. दस बरीस के एगो लड़िको एह आग में घेरा के झँउस गइल जवना के अस्पताल में इलाज का दौरान मौत हो गइल.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।