दोस्ते अपना दोस्त के गरदन रेत दिहलसि
-

मऊ जिला के घोसी इलाका के काजीपुरा गाँव के एगो नवही आसिम के ओकरे संघतिया सलमान ओकरा के पतिराम के बगइचा ले जा के गरदन रेत के मुआ दिहलसि आ आराम से अपना कपड़ा पर लागल खून के दाग छोड़ा के घरे आ गइल. बाद में खोजाई होखे लागल त पता चलल कि आसिम के सबले आखिर में सलमान का साथे देखल गइल रहुवे. शक का आधार पर पुलिस सलमान के ध ले गइल आ पूछ्ताछ में ऊ सगरी किस्सा बक दिहलसि. खून करे के वजह साफ नइखे भइल.

0 Comments

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..