खेसारीलाल क दिल उड़ा लिहली अंजना सिंह

भोजपुरी के नयका सुपरस्टार खेसारीलाल यादव के दिल भोजपुरी के हॉट गर्ल अंजना सिंह ले उड़ल बाड़ी आ खेसारी अब उनुका प्यार में पागल बाड़े. फिल्म ‘दिल ले गईल ओढनिया वाली’ के ई जोड़ी आजुकाल्ह अपना फिल्म ले के खूबे चरचा में बाड़ें.

बालाजी सिनेविजन प्रा. लि. के बैनर तर प्रसिद्ध वितरक पप्पू भाई, राजेश सिंह आ संजय कनूगा के बनावल एह फिल्म में खेसारीलाल यादव के दिल ओढनिया वाली अंजना ले उड़त बाड़ी आ खेसारी कइसे अपना प्यार में सफल होखत बाड़े इहे एहमें देखावल गइल बा. निर्देशक अरबिंद चौबे हउवें

फिल्म के कलाकारन में शशि मोहन सिंह, प्रिया कपूर, मनोज टाईगर, आनंद मोहन, प्रिया पाण्डेय, रत्नेश वरनवाल, आशा शर्मा, जसवंत कुमार, बालेश्वर सिंह, जय सिंह आ रजनीश झांजी के प्रमुख भूमिका बा.

फिल्म जून में रिलीज कइल जाई.


(प्रशांत निशांत के रपट)

1 Comment

  1. BHEEM SEN

    सही हैँ

    Reply

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *