फिल्म ‘हीरो’ में प्रवेशलाल के खतरनाक हीरोगिरी

भोजपुरी के नवही सितारा प्रवेशलाल यादव के खतरनाक एक्शन ‘हीरो’ में देखे के मिली. निरहुआ इंटरटेन्मेंट प्रा. लि. प्रस्तुति आ श्री साई पिक्चर्स के बैनर में बनल एह फिल्म में प्रवेश हैरंतअंग्रेज एक्शन स्टंट कइले बाड़न जवना के निर्देशन दक्खिन भारत के सबले बड़का एक्शन मास्टर वैंकट कइले बाड़न. एह स्टंटन खातिर पन्द्रह दिनले एक्शन के नयका तकनीकन के खास प्रशिक्षण लिहले रहलन प्रवेश लाल.

निर्माता-निर्देशक सुब्बाराव गोसांगी के एह फिल्म में प्रवेश संगे शुभी शर्मा, अवधेश मिश्रा, प्रकाश जैस आ अयाज खान के खास भूमिका बा.


(प्रशांत निशांत के रपट)

1 Comment

  1. manish sahani

    agr hamhu ke kucha kam mil jat ta bahut achha rahat

Recent Posts