‘गंगा के लाल काशी विश्वनाथ’ के मुहूर्त गाना रिकार्डिंग करा के

GangaKeLalनील कमल प्रोडक्शन के बैनर तले बनत भोजपुरी फिलिम ‘गंगा के लाल काशी विश्वनाथ’ के मुहूर्त पिछला दिने मुम्बई के कमाल अमरोही स्टूडियो में फिल्म के नायक रोशन कुमार आ नायिका अक्षरा सिंह के ऊपर फिलिमावल रोमांटिक गीत के रिकार्डिंग क के कइल गइल.
निर्माता आर.एस.झा, निर्देशक तेजेश अखौरी, पटकथा-संवाद लेखक तेजेश अखौरी आ डी.के. बरनवाल, संगीतकार राजेश मिश्रा, दामोदर राव अउर अमरेश शाहाबादी, गीतकार राजेश मिश्रा, कोरियोग्राफर राजू नायडू, ध्वनि दिलीप सावंत, एडीटर दीपक जऊल, आर्ट अंजनी तिवारी, कैमरामैन संजय पाठक आ कार्यकारी निर्माता आर.पी. त्रिपाठी हउवें.
कलाकारन में रोशन कुमार, अक्षरा सिंह, प्रतिभा पाण्डे, माया यादव, प्रकाश जैस, संजय पाण्डे वगैरह के नाम खास बा.

मुहुर्त का मौका पर निर्देशक तेजेश अखौरी बतवले के एह फिलिम के कहानी आम भोजपुरी फिलिमन से अलगा तरह के बा. आमतौर पर देकावल जाला कि झगड़ा आ दुश्मनी नायक नायिका के प्रेम का चलते होला जबकि वास्तविक समाज में अइसन कमे होला. अधिकतर लड़ाई झगड़ा पटिदारी आ ठेकेदारी ले के होला. एह फिलिम मे एही वास्तविकता के देखावल गइल बा.
नेशनल स्कूल ऑफ ड्रामा से पास आउट अभिनेता रोशन कुमार एहसे पहिले ‘सुगना’ आ ‘रिहाई’ में देखाई दे चुकल बाड़े, एह फिलिम मे ऊ काशी के भूमिका में बाड़े. कहानी काशी आ विश्वनाथ नाम के दू गो भाईयन के बा.
विश्वनाथ के किरदार ला एगो बड़हन स्टार से बातचीत चल रहल बा आ जल्दिए उनका नाम के एलान कर दीहल जाई.


(समरजीत)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।