सीसीएल में फेरू उतरी ‘भोजपुरी दबंग’ कुछ नया खिलाड़ियन का साथे
-

Nirahua-Manoj-cclभोजपुरी सिनेमा के महानायक मनोज तिवारी के कप्तानी आ भोजपुरी सुपर स्टार दिनेशलाल यादव के उपकप्तानी वाली टीम ‘भोजपुरिया दबंग’ एहू साल सेलीब्रेटी क्रिकेट लीग (सीसीएल) खेले उतरी. एह टीम में अबकियो भोजपुरी सिनेमा के तमाम सितारा क्रिकेट के पिच पर चौका छक्का लगावत लउकीहें.
एह टीम में अबकी ओहू लोग के खेले के मौका मिली जे कवनो कारण से पिछला बेर टीम में ना रहले. ‘भोजपुरिया दबंग’ टीम के प्रवक्ता शशिकांत सिंह आ रंजन सिन्हा बतावत बाड़े कि जवन खिलाड़ी एह टीम में शामिल होखल चाहत बाड़े से टीम प्रबंधक विकास से मोबाइल नम्बर 9930897875 पर संपर्क कर सकेले. टीम में शामिल होखे ला दू गो शर्त राखल गइल बा. पहिला त ई कि कम से कम एगो फिलिम के मुख्य भा समानांतर नायक रहल होखसु जवन फिलिम नवम्बर 2013 से पहिले रिलीज हो चुकल होखे. दुसरका कि टीम में शामिल होखे से पहिले चयन प्रक्रिया से गुजरे पड़ी. एकरा खातिर मुंबई के गोरेगांव पश्चिम स्थित महेश नगर के वीनस स्पोर्ट्स अकादमी के मैदान में 12, 13 आ 20 अक्टूबर के आपन कौशल देखावे होखी.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts