गंगा फेरु बढ़ चलली

गंगा आ उनुका सहायक नदियन में पिछला दिने के बरखा का चलते वाराणसी मे गंगा एक बेर फेरू बढाव पर बाड़ी. लगातार बढ़त पानी का चलते घाटन के सम्पर्क कट गइल बा आ किनार पर के मंदिर आ दुकान पानी में डूब गइल बाड़े, तेज बहाव का चलते नावो चलल बंद हो गइल बा.
मालूम होखो कि अबकी का सीजन मे गंगा तीन बेर खतरा के निशान पार कइली. बाढ का चलते गंगा आ वरुणा के किनार पर के इलाका एक महीना ले पानी में डूबल रहे.
(वार्ता)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।