जौनपुर में वीरांगना दुर्गा भाभी के जनमदिन मनावल गइल
-

जौनपुर जिला के सरांवा गांव मे शहीद लाल बहादुर गुप्त स्मारक पर सोमार का दिने हिन्दुस्तान सोशलिस्ट रिपब्लिकन आर्मी आ लक्ष्मीबाई ब्रिगेड के कार्यकर्ता महान स्वतंत्रता सेनानी वीरांगना दुर्गा भाभी के 106 वां जनमदिन मनवले.
एह मौका पर मोमबत्ती आ अगरबत्ती जरा के दू मिनट के मौन राखल गइल आ दुर्गा भाभी के श्रद्धांजलि दीहल गइल.
दुर्गा भाभी के जनम उत्तर प्रदेश के कौशाम्बी जिला के शहजादपुर गांव मे पंडित बांके बिहारी भट्ट के बेटी के रुप मे सात अक्टूबर 1907 के भइल रहे. उनकर शादी क्रांतिकारी संगठन हिन्दुस्तान रिपब्लिकन आर्मी .एसोसियेशन. के प्रचार सचिव रहल महान क्रांतिकारी भगवती चरण बोहरा से भइल रहे आ दुनु बेकत क्रांतिकारियन के हर तरह के सहायता देत रहले.
28 मई 1930 के रावी नदी का किनारे बम जाँच करत में फाट गइल आ भगवती चरण बोहरा शहीद हो गइले. तेइसे साल का उमिर में पति के निधन का बाद दुर्गा भाभी क्रांतिकारियन के मदद कइल जारी रखली. कहल जाला कि जवना पिस्तौल से अमर शहीद चन्द्रशेखर आजाद अपना के गोली मरले रहले उ पिस्तौलो दुर्गे भाभी के दीहल रहे. इहो साँच ह कि नौ अक्टूबर 1930 के वीरांगना दुर्गा भाभी गवर्नर हैली पर गोली चलवले रही बाकिर ऊ त बाँच गइल आ ओकर सैन्य अधिकारी टेलर गंभीर रुप से घवाहिल हो गइल.
आजादी के बादो दुर्गा भाभी अनेके महत्वपूर्ण काम कइली आ चौदह अक्टूबर 1999 के उ हमेशा हमेशा ला दुनिया से विदा हो गइली.
(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts