गंगा फेरु बढ़ चलली
-

गंगा आ उनुका सहायक नदियन में पिछला दिने के बरखा का चलते वाराणसी मे गंगा एक बेर फेरू बढाव पर बाड़ी. लगातार बढ़त पानी का चलते घाटन के सम्पर्क कट गइल बा आ किनार पर के मंदिर आ दुकान पानी में डूब गइल बाड़े, तेज बहाव का चलते नावो चलल बंद हो गइल बा.
मालूम होखो कि अबकी का सीजन मे गंगा तीन बेर खतरा के निशान पार कइली. बाढ का चलते गंगा आ वरुणा के किनार पर के इलाका एक महीना ले पानी में डूबल रहे.
(वार्ता)

0 Comments

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..