*गरदा* के संगीतमय मुहूर्त भइल

हाल ही में मुंबई के M4U स्टूडियो में भोजपुरी फिलिम ”गरदा” के संगीतमय मुहूर्त कइल गइल. मुहूर्त गीत बहुचर्चित गायिका कल्पना के आवाज़ में रिकार्ड भइल.

एस के फिल्म्स (चेन्नई) के बैनर तले बने जात एह फिलिम के निर्माता श्रवण कुमार एच., निर्देशक पराग पाटिल, कार्यकारी निर्माता रमेश चन्द्र शर्मा, लेखक पराग पाटिल आ पंकज कनौजिया, संगीतकार छोटे बाबा, गीतकार राजेश मिश्रा, अशोक सिन्हा, प्रेम सागर अउर मुन्ना दूबे, आ रिकार्डिस्ट प्रवीर दा हउवें.

ई एगो अइसन नवही के कहानी ह जे चारो ओर प्यार मुहब्बते के मिठास पसरावल चाहत बा. प्रेम के अइसन मसीहा बनके “गरदा” मचइहें विराज भट्ट. साथ में रहीहें अंजना सिंह, दीपक भाटिया, बालेश्वर सिंह, कृष्णा देव राना, संजय वर्मा, साहिल शेख आ बृजेश त्रिपाठी वगैरह.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा, आ अपना न्यूज़)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..