मनोज तिवारी का गवनई पर झूमल जनता
-

आशियाना क्षेत्रीय एल पार्क में चलत लखनऊ महोत्सव में भोजपुरी नाइट्स के दौरान, पँचवा साँझि रसीला भोजपुरी गीतन आ ओकरा चहेतन क नामे रहल. भोजपुरी गायक-अभिनेता मनोज तिवारी आ सुजीत चैबे शुक साँझ के खास आकर्षण रहलें. भोजपुरी गीतन के मस्ती पूरा शबाब पर रहुवे. मनोज तिवारी के गवनई पर श्रोता झूमत रहले. मनोज तिवारी देवी गीत, लइका दुवरिया पे ठाढि़ बा, एहि पे नजर कर दे.. से शुरूआत कइलन आ फेर “हम बिहार के लाला, जिया तू हजार साला..”, “बगल वाली जान मारे ली..” आ “ए चंपा चमेली” समेत अनेके गीत सुनवले.

सुजीत चैबे बीच बीच में इंटरनेशनल लिट्टी चोखा.. आ दोसरा अनेके गीतन से सुनेवालन के मनोरंजन कइले. मंच पर भोजपुरी गायक आपन अनेके राज खोल बतवले कि कइसे कइएक बेर फौज आ पुलिस बहाली ला इम्तिहान दिहले बाकिर चुना ना पवले. एही दरद के देखावत गीत “अस्सी में बीए कै के, बचवा हमार कंपटीशन दे ता” सुनवले. भीड़ सम्हारे ला पुलिस के बेर बेर लाठी भाँजे पड़त रहे.


(भोजवुड न्यूज)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts