गली क्रिकेट टीम के मालिक बनलन निरहुआ


भोजपुरी के सुपर स्टार आ लोकप्रिय गायक दिनेश लाल यादव निरहुआ अब क्रिकेटो का मैदान में उतर पड़ल बाड़न. टी १० गली क्रिकेट सीजन ३ में ऊ पूर्वांचल के टीम के मालिक बनावल गइल बाड़न. एह खातिर दिनेश लाल यादव बधवा ब्रदर्स के धन्यवाद दिहलन कि उनुका के एकर मौका दिहल गइल. कहलन कि लड़िकाईं में उनुको क्रिकेट खेले के दिली तमन्ना रहुवे बाकिर सुविधा ना मिलला का चलते खिलाड़ी ना बन पवलन. अब ऊ तमन्ना पूर्वांचल के युवा खिलाड़ीयन के सीखे आगा बढ़े के मौका देके उनका मिल रहल बा जवना से ऊ बहुते खुश बाड़ें. अगिला साल ११ जून से ई खेल पंचकुला में शुरु होखे जा रहल बा जवना में देश भर से आइल सोलह गो टीम हिस्सा लीहें. निरहुआ के पूरा विश्वास बा कि उनकर टीम एह खेल में कमाल कर देखाई.
(स्रोत : शशिकान्त सिंह)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।